सस्टेनेबल डेवलपमेंट

विकिपीडिया से
(संधारणीय विकास से अनुप्रेषित)
Diagram of 17 Sustainable Development Goals
17 ठे सस्टेनेबल डेवेलपमेंट गोल्स जे 2015 से 2023 के बीचा में हासिल करे खातिर रखल गइल बाड़ें।

सस्टेनेबल डेवलपमेंट (अंग्रेजी: sustainable development; अरथ: लगातार जारी रहे वाला बिकास) एगो अइसन बिकास ह जवना में ए बात क धियान राख के विकास क योजना बनावल जाला कि ई विकास खाली हमनी की वर्तमान पीढ़ी खातिर ना बलुक आगे आवे वाला अनंत समय तक चलत रहि सके। ए में पर्यावरण की मैनेजमेंट आ प्राकृतिक संसाधन की सोचल समझल इस्तेमाल पर धियान दिहल जाला।

नाँव[संपादन करीं]

हिंदी भाषा में सस्टेनेबल डेवलपमेंट खातिर कई ठे शब्द चलन में बाड़ें - संधारणीय विकास, टिकाऊ विकास, सतत विकास, संधृत विकास इनहन में मुख्य नाँव बाड़ें।

परिभाषा आ कांसेप्ट[संपादन करीं]

1987 में, यूनाइटेड नेशंस के पर्यावरण आ बिकास पर बिस्व आयोग एगो रपट जारी कइलस आवर कॉमन फ्यूचर जेकरा के आमतौर पर ब्रंटलैंड रिपोर्ट कहल जाला। रिपोर्ट में "सस्टेनेबल डेवलपमेंट" के जवन परिभाषा सामिल कइल गइल ओही क इस्तेमाल अब बहुतायत में हो रहल बा:

सस्टेनेबल डेवलपमेंट अइसन विकास ह जवन आवे वाली पीढ़ी के आपन जरूरत पूरा करे के क्षमता से समझौता कइले बिना वर्तमान के जरूरत के पूरा करेला। एकरा भीतर दू गो प्रमुख कांसेप्ट बाड़ें:

  • ‘जरूरत’ (need) के कांसेप्ट, खासतौर पर दुनिया के गरीबन के जरूरी जरूरतन के, जिनहना के सर्वोच्च प्राथमिकता दिहल जाव; आ
  • वर्तमान आ भविष्य के जरूरत के पूरा करे के पर्यावरण के क्षमता पर तकनीक आ सामाजिक संगठन के स्थिति द्वारा लगावल गइल सीमा के बिचार।
    — World Commission on Environment and Development, Our Common Future (1987)

एह तरीका से सस्टेनेबल डेवलपमेंट, आर्थिक बिकास, पर्यावरण संरक्षणसामाजिक भलाई के बीच संतुलन खोजे के कोसिस करे ला।

संदर्भ[संपादन करीं]